Close Menu
Subscribe :

Darshan Dihi Dev
Song

Darshan Dihi Dev

Amrit Thakur • Darshan Dihi Dev • 2026 • 0:05:59 • Devotional
Artist (Click to view all assets)
Amrit Thakur

Lyrics

Darshan Dihi Dev • Amrit Thakur

M:- घरे घरे छठी माई के गीतिया गवाये लागल 2

फल फूल नारियल दउरा में सजाये लागल 2

सातो घोड़वा रथ चढ़ी आई ऐ सुरूजदेव

करी जनि रउरा अबेर जी

कोरस:- भूखल पियासल बाड़ी राउर तिवईया

होखे लागी अरघ में देर जी

M:- गईया के घिउआ में ठेकुआ छनाईल बा 2

गंगा जी के मटिया से बेदिया लिपाईल बा 2

हरियर उखिया से बहँगी सजाई के

छठी घाटे बइठल सभे दियवा जराई के

सातो घोड़वा रथ चढ़ी आई ऐ सुरूजदेव

करी जनि रउरा अबेर जी

कोरस:- भूखल पियासल बाड़ी राउर तिवईया

होखे लागी अरघ में देर जी

M:- बहे शीतलहरिया त सिसीके शरीरिया 2

कई दिहि दया देव करीले गोहरिया 2

टूट जाई वरतीया त हो जाई अनेर जी

दर्शन दिहि देव भइले सवेर जी

सातो घोड़वा रथ चढ़ी आई ऐ सुरूजदेव

करी जनि रउरा अबेर जी

कोरस:- भूखल पियासल बाड़ी राउर तिवईया

होखे लागी अरघ में देर जी

लेखक :- संजय कुमार मिश्रा

Official Music Video

Darshan Dihi Dev

Open in YouTube

Credits

Song Title Darshan Dihi Dev
Album Darshan Dihi Dev
Main Vocalist / Singer Amrit Thakur
Music Composer Sumit Mishra
Lyricist / Writer Murari Mishra
Genre Devotional
Mood / Devotion Chhathi Mata
Festival Chhath Puja
Audio Quality Studio Vocal Recording
Record Label ViaNet Media Pvt. Ltd.
Link copied to clipboard!
Bajrang Baan-Lofi
Pawan Brijwasi
0:00 0:03:40